Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Giloy kadha: सेहत के लिए बेहद लाभकारी बा गिलोय के काढ़ा, घर बइठल हेंगा करी तैयार, मिली एकर जबरदस्त फायदा!

आयुर्वेद में कई रोग के इलाज खातिर गिलोय के इस्तेमाल कइल जाला. ई काफी सस्ता आयुर्वेदिक औषधि ह. गिलोय के गुडूची या अमृता के नाम से भी जानल जाला कई जगे एकर नाम बंवर भी बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 01 July 2021

नई दिल्ली: कोरोना काल में इम्युनिटी बढ़वला पर जोर दियाता, एकरा पीछे ये तर्क दियाता कि जेकरा शरीर के इम्युनिटी कम बा, ओकरा पर कोरोना वायरस जल्दी अटैक करेला. हेल्थ विशेषज्ञ लोग मानता कि भले ही कोरोना के दूसरका लहर थम गईल बा  लेकिन अभी खतरा पूरा तरह से टलल नइखे.एहीसे ये महामारी से लड़े खातिर शरीर के रोग प्रतिरोधक क्षमता के मजबूत होखल बेहद जरूरी बा. 

भारत सरकार के आयुष मंत्रालय के ओर से इम्यूनिटी बढ़ावे खातिर कईगो उपाय बतावल गइल बा जौना में से एगो बा गिलोय के काढ़ा. ये खबर में हम रउवा सभ के बताएम गिलोय के काढ़ा से होखे  वाला फायदा अउर एकरा के बनावे के तरीका. 


गिलोय के काढ़ा तैयार करे के सामान

दू कप पानी

एक चम्मच हल्दी

2 इंच अदरक के टुकड़ा

गिलोय के एक-एक इंच के 5गो टुकड़ा

6-7गो तुलसी के पत्ता

स्वादान के मुताबिक गुड़


गिलोय के काढ़ा बनावे के तरीका

एक पैन में 2 कप पानी ले ली

अब एकरा के मीडियम आंच पर उबले खातिर रख दीं.

बाकी सब सामग्री के डाली अउर गिलोय भी डाल दीं.

फेर धीमा आंच पर एकरा के कुछ समय तक पकाईं.

जब पानी आधा रह जाव अउर सब चीज अच्छा से पाक जाए त गैस बंद कर दीं.

कौनो कपडा या छन्नी से एकरा के छानके कप में डालीं अउर चाय क़े तरह पीं.


एहिले खास बा गिलोय के काढ़ा

 आयुर्वेद में कई रोग के इलाज खातिर गिलोय के इस्तेमाल कइल जाला. ई काफी सस्ता आयुर्वेदिक औषधि ह. गिलोय के गुडूची या अमृता के नाम से भी जानल जाला कई जगे एकर नाम बंवर भी बा. गिलोय के रस अउर काढ़ा डेंगू, चिकनगुनिया, बुखार जैसी गंभीर बीमारी में दिहल जाला. एकरा अलावा बदलत मौसम में गिलोय कई तरह के वायरल और बैक्टीरियल इंफेक्शन से भी बचावेला. 



केतना मात्रा में गिलोय के काढ़ा पिएं के चाही 

रउवा गिलोय के काढ़ा प्रतिदिन एक कप पी सकत बानी. ये से ज्यादा ना पिए के चाहिए काहे की एकर ज्यादा सेवन रउवा के नुकसान पहुंचा सकता. अगर रउवा कौनो बीमारी से ग्रसित बानी त रउवा डॉक्टर के परामर्श के बाद ही एकरा के पीयेम.


गिलोय के काढ़ा पियला के 5गो फायदा?

गठिया रोग में भी गिलोय बहुत फायदेमंद होला.

एकरा के पियला से शरीर के कई तरह के संक्रमण अउर संक्रामक तत्व से बचल जा सकेला.

एमे मौजूद अदरक अउर हल्दी मिलके इम्यूनिटी बढ़ावे के काम करेला.

ब्लड शुगर कंट्रोल करे में भी फायदेमंद बा गिलोय. 

आयुर्वेद में डायबिटीज के मरीज के गिलोय खाए के सलाह दिहल जाला.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.