Hariyali Teej 2021:हरियाली तीज विवाहित जीवन खातिर सुख-समृद्धि के व्रत ह

अगर ध्यान दिहल जा, त ये तीज के बाद से त्योहार के झड़ी जईसन लाग जाला

  • 598
  • 0

हरियाली तीज श्रावण मास के शुक्ल पक्ष के तृतीया के मनावल जाला. दाम्पत्य जीवन के सुख-समृद्धि से जुड़ल ये दिने जीवनसाथी के दीर्घायु के कामना से व्रत कईल जाला अऊर शिव-पार्वती विवाह के कथा सुनल जाला. सावन के महीना में पड़े वाला अधिकतर त्योहार प्रकृति के हरीतिमा अऊर सामाजिक तथा दाम्पत्य जीवन के सुख से जुड़ल होला. ई महीना विशेष रूप से शिव अऊर पार्वती के समर्पित बा. उनकर एक-दूसरा से जन्म-जन्मांतर के जुड़ाव, हरियाली तीज के माध्यम से संसार में दाम्पत्य डोर में बंधल जोड़न खातिर मधुरता के आदर्श बनेला. अगर ध्यान दिहल जा, त ये तीज के बाद से त्योहार के झड़ी जईसन लाग जाला

RELATED ARTICLE

LEAVE A REPLY

POST COMMENT