Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

हे मुद्दा पर नीतीश सरकार के घेरी बीजेपी! विधायक लोग देहलस संकेत

बिहार के गया समेत कईगो जिला में लोग के धर्मांतरण करावल जा रहल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 26 July 2021

पटना: बिहार विधान सभा व विधान परिषद की कार्यवाही मंगलवार 11 बजे तक ले स्थगित क दिहल गइल बा. एक ओर विपक्ष जहां बजट सत्र के दौरान बीतल  23 मार्च के विधायक लोग के साथ दुर्व्यवहार के मामला उठावे के तैयारी में बा उहें, भाजपा के ओर से धर्मांतरण के मुद्दा उठावल जा सकत बा. मानल जा रहल बा कि मंगलवार के दूनू सदन में ई मुद्दा जोर पकडी. खास तौर पर विधानसभा में काल धर्मांतरण के मुद्दा भी उछल सकत बा अउर ये  पर एनडीए के सहयोगी भाजपा अउर नीतीश सरकार (Nitish Government) के कठघरा में खड़ा करे के कोशिश कर सकत बिया. बीजेपी विधायक हरि भूषण ठाकुर बचौल (BJP MLA Hari Bhushan Thakur Bachaul) कहले ह की बिहार में लोभ लालच देके धर्मांतरण करावल जा रहल बा, ऊ ये मुद्दे के  विधान सभा में उठइहन.


उहें, भाजपा के विधायक संजय सरावगी (Sanjay Saraogi) भी ये मामला पर बड़ बयान देत कहले ह कि सीएम नीतीश हमनी के सम्मानित नेता हवन , लेकिन उनकर पार्टी अलग बा अउर उनकर पार्टी के विचारधारा भी अलग बा. बिहार के गया समेत कईगो जिला में लोग के  धर्मांतरण करावल जा रहल बा. सरकार के ये मुद्दा पर गंभीर होखे के चाही. अन्य राज्य में एकरा खातिर जौना तरीका से कानून बनावे के बात बा ओहिसनके बिहार में भी बनावल जा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.