Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

अब फ्री में मिली LPG गैस कनेक्शन, सरकार कर रहल बिया राऊर मदत

साल 2016 में जब उज्ज्वला 1.0 लॉन्च कईल गईल रहे तब गरीबी रेखा के नीचे आवे वाली (BPL) 5 करोड़ महिलन के एलपीजी कनेक्शन देवे के टारगेट तय कईल गईल रहे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 10 August 2021

नई दिल्ली: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi) आज दूपहर में 12  बजके 30 मिनट पर वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए उज्ज्वला योजना 2.0 (Ujjwala Yojana 2021) के  शुरुआत कईले ह. मोदी सरकार आर्थिक रूप से कमजोर वर्ग खातिर रसोई गैस के ये सुविधा  के  शुरुआत कईले ह. कार्यक्रम के दौरान पीएम मोदी उज्ज्वला योजना के लाभार्थियन से बात कईला के साथे पूरा देश के संबोधित कईले ह. बता दीं कि उज्ज्वला योजना के तहत महिलन के मुफ्त गैस सिलेंडर कनेक्शन दिहल जाला.



5 करोड़ महिलन के LPG कनेक्शन देवे के लक्ष्य

साल 2016 में जब उज्ज्वला 1.0 लॉन्च कईल गईल रहे तब गरीबी रेखा के नीचे आवे वाली (BPL) 5 करोड़ महिलन के एलपीजी कनेक्शन देवे के टारगेट तय कईल गईल रहे. प्रधानमंत्री उज्ज्वला योजना के तहत सरकार गरीबी रेखा से नीचे जीवन यापन करे वाला परिवारन खातिर घरेलू रसोई गैस यानी एलपीजी कनेक्शन मुहैया करावेले. पेट्रोलियम अऊर प्राकृतिक गैस मंत्रालय के सहयोग से ई योजना चलावल जा रहल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.