Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

24 घंटा टीकाकरण कके पटना बनवलस रिकॉर्ड, तीनगो सेंटर टॉप पर

जिलाधिकारी टीकाकरण के लेके नया प्रयोग कइले रहले ह. जेकरा तहत 24 घंटा लोग के वैक्सीन देहल जा सके.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 20 July 2021

पटना : बिहार के राजधानी अउर पटना जिला लगातार कोरोना वैक्सीनेशन (Corona Vaccination) अभियान के सफल बनावे  में जुटल बा त नया कीर्तिमान भी स्थापित कर रहल  बा. जिला के तीनगो ओइसन केंद्र जहां 24 घन्टा कोरोना टीकाकरण कइल जा रहल बा. उहां 8 जून से अब तक 2 लाख लोग के टीकाकरण हो चुकल बा. 2 लाख टीका पूरा भइला के बाद 24 घंटा कार्यरत सब कर्मी लोग के जिलाधिकारी चंद्रशेखर सिंह (Patna DM) प्रशस्ति पत्र देके सम्मानित कइले अउर जिलावासी लोग के बधाई देहले. जिलाधिकारी टीकाकरण के लेके नया प्रयोग कइले रहले ह. जेकरा तहत 24 घंटा लोग के वैक्सीन देहल जा सके.


पटना में पाटलिपुत्र अशोका होटल, पाटलिपुत्र स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स अउर पॉलिटेक्निक कॉलेज के चिन्हित कइल गइल रहे. आलम ई भइल बा कि डेढ़ महीना में ये तीनों केंद्र पर बम्पर वैक्सीनेशन भइल बा. सबसे ज्यादा पाटलिपुत्रा स्पोर्ट्स केंद्र पर 88209 लोग वैक्सीन करववले बा उहें पाटलिपुत्रा अशोका में 67930 लोग वैक्सीन लेहलस जबकि पॉलिटेक्निक कॉलेज में भी 44709 लोगो के टीकाकरण कइल जा चुका बा. जिलाधिकारी के मानल जा त पटना जिला में अब तक 75 फीसदी लोग के टीकाकरण हो चुकल बा जौन कि अन्य जिला के तुलना में सर्वाधिक बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.