Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

यूपी सहित कईगो राज्य में बारिश के अलर्ट, जानीं देश भर के मौसम के अपडेट

दिल्ली-एनसीआर (Delhi-NCR Monsoon) में देर से सही लेकिन मॉनसून (Monsoon) के एंट्री हो गइल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 16 July 2021

Delhi Rain Today Weather Forecast Updates: राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में मॉनसून (Monsoon) के आगमन के साथ ही लोग के गर्मी से राहत मिलल बा. मौसम विभाग (IMD) के अनुसार, दिल्ली में 15 से 21 जुलाई तक कब्बो तेज त कब्बो हल्का बारिश होखे के अनुमान बा. उत्तर भारत के लगभग सगरी राज्य में भी मॉनसून के एंट्री हो चुकल बा. मौसम विभाग के मुताबिक आवे वाला दिन में कईगो राज्य में भारी बारिश (Heavy Rain) के आसार बा. पहाड़ी इलाका में बारिश खूब कहर बरपइले बा. भारी बारिश के कारण भूस्खलन (Landslide) से तबाही मच चुकल बा. उहें, बिहार में बारिश से बाढ़ जइसन हालात पैदा हो गइल बा.

दिल्ली-एनसीआर (Delhi-NCR Monsoon) में देर से सही लेकिन मॉनसून (Monsoon) के एंट्री हो गइल बा. बारिश से राजधानी में मौसम सुहाना हो गइल बा. मौसम विभाग (IMD) द्वारा जारी कइल गइल जानकारी के अनुसार, दिल्ली में अगला 4 से 5 दिन में हल्का बारिश देखे के मिली अउर ओकरा बाद भारी बारिश के सिलसिला शुरू होई. उहें, हिमाचल अउर उत्तराखंड में 18 जुलाई तक भारी बारिश (Rain) के लेके अलर्ट जारी कइल गइल बा. दक्षिण उत्तर प्रदेश, पंजाब, उत्तरी राजस्थान, हरियाणा अउर उत्तरी मध्य प्रदेश में 17 से 19 जुलाई के बीच भारी बारिश के आसार बा. 

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.