Story Content
नई दिल्ली: श्रीलंका सरकार के हरा झंडी मिलला के बाद भारत अउर श्रीलंका (IND vs SL) के बीच लिमिटेड ओवर्स के सीरीज अब 13 के बजाए 18 जुलाई से खेलल जाई. शेड्यूल के ए खातिर आगे बढ़ावल गइल बा काहे कि श्रीलंकाई खेमा में दूगो सदस्य कोरोना संक्रमित पाइल गइल रहलन.
अब वनडे अउर टी20 मैच के समय में भी बदलाव कइल गइल बा. एकर जानकारी श्रीलंका क्रिकेट बोर्ड (SLC) आपन ऑफिशियल ट्विटर हैंडल पर देहले बा. सीरीज के शुरुआत वनडे से होखी. पहिला वनडे रविवार के दूपहर 2:30 बजे शुरू होखला के बजाए अब 3 बजे से खेलल जाई. यानी वनडे मैच अब आधा घंटा के देरी से शुरू होखी.
उहें टी20 मैच के समय शाम 7 बजे के बजाय रात 8 बजे से खेलल जाई. भारतीय टीम के कप्तानी शिखर धवन (Shikhar Dhawan) करिहन. सगरी मैच के सीधा प्रसारण सोनी नेटवर्क पर 5गो अलग अलग भाषाओं में कइल जाई.
सीरीज के सगरी 6उ मैच कोलंबो के आर प्रेमदासा स्टेडियम (R Premdasa Stadium) में खेलल जाई. भारतीय टीम इंट्रा स्क्वॉड प्रैक्टिस मैच के जरिए आपन तैयारी के अंतिम रूप देहले बा. भारतीय टीम के हेड कोच राहुल द्रविड़ (Rahul Dravid) बाड़े.
#SLvIND pic.twitter.com/LQSJT5tDmM
— Sri Lanka Cricket ???????? (@OfficialSLC) July 12, 2021




Comments
Add a Comment:
No comments available.