Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Ind vs SL: श्रीलंका के खिलाफ कप्तान शिखर धवन के रिकॉर्ड बा दमदार, वनडे में ठोक चुकल बाड़न एतना शतक

श्रीलंका दौरा खातिर भारतीय सेलेक्टर्स लोग द्वारा धाकड़ बल्लेबाज शिखर धवन के टीम के कप्तान बनावल गइल बा. ई पहिला मौका बा जब शिखर धवन भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तानी करत नजर अंइहें. ये दौरा पर ई इंटरनेशनल क्रिकेट में आपन कप्तानी के डेब्यू भी करिहन.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Sports - 30 June 2021

श्रीलंका दौरा खातिर भारतीय सेलेक्टर्स लोग द्वारा धाकड़ बल्लेबाज शिखर धवन के टीम के कप्तान बनावल गइल बा. ई पहिला मौका बा जब शिखर धवन भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तानी करत नजर अंइहें. ये दौरा पर ई इंटरनेशनल क्रिकेट में आपन कप्तानी के डेब्यू भी करिहन. श्रीलंका के खिलाफ धवन के दोहरा भूमिका निभावे के पड़ी.टीम के कप्तान त रहबे करिहन साथे-साथे ये टीम के सबसे सीनियर बल्लेबाज अउर ओपनर भी बाड़न. बतौर बल्लेबाज इनकरा पर टीम के अच्छा शुरुआत दिलावे के जिम्मेदारी रही काहे की मैच में काफी कुछ इनकरे बल्लेबाजी पर निर्भर करी. धवन के श्रीलंका के खिलाफ तीनगो  वनडे व तीनगो  टी20 मैच में टीम के  कप्तानी करे के बा. बतौर बल्लेबाज ये टीम के खिलाफ क्रिकेट के ये दुनू फॉर्मेंट में इनकर प्रदर्शन भी काफी अच्छा रहल बा.


श्रीलंका के खिलाफ धवन के वनडे अउर  टी20 में प्रदर्शन


शिखर धवन के वनडे करियर के बात कइल जाव त ई श्रीलंका टीम के खिलाफ अब तक 16 वनडे मैच खेलले बाड़न अउर एकर 16 पारी में ई  70.21 की औसत से 983 रन बनवले बाड़न.  धवन श्रीलंका के खिलाफ  वनडे क्रिकेट में कुल 4 शतक ठोकले बाड़न जौना में इनकर बेस्ट स्कोर नाबाद 132 रन रहल बा.  धवन ये टीम के खिलाफ वनडे में 4 शतक त लगवले ही बाड़न साथे-साथे तो  5 गो अर्धशतकीय पारी भी खेलले बाडन. ये सब पारी ई दू बार नाबाद रहल बाड़न.  


Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.