Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

सौरव गांगुली गर्लफ्रेंड डोना गांगुली के घर से भगाके कइले रहले शादी, जान ली इनकर लव स्टोरी

सौरव गांगुली के डोना से शादी भी पूरा फिल्मी अंदाज में ही भइल.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Sports - 08 July 2021

टीम इंडिया के पूर्व कप्तान अउर मौजूदा बीसीसीआई अध्यक्ष सौरव गांगुली (Sourav Ganguly Birthday) आज आपन 49वां बर्थडे सेलिब्रेट कर रहल बाड़न. 8 जुलाई 1972 के कोलकाता में पैदा भइल सौरव टीम इंडिया खातिर 113 टेस्ट मैच अउर 311 वनडे मैच खेलले बाड़े. उनकर क्रिकेट करियर के तरे ही उनकर निजी जिंदगी भी काफी दिलचस्प बा. उ आपन पड़ोस में रहे वाली डोना के साथ लव मैरिज कइले. लेकिन ये शादी के राह में कईगो रोड़ा आइल.

सौरव गांगुली अउर डोना स्कूल के दिन से ही एक-दूसरा से प्यार करत रहे लो. दरअसल, डोना उनकर पड़ोसी रहली. लेकिन दूनू परिवार एक-दूसरा से बात ना करत रहे लो. स्कूल आवत-जात सौरव अक्सर डोना के देखस. डोना के प्रभावित करे खातिर गांगुली उनकरा के आपन फुटबॉल स्किल्स दिखावस. उनकर बचपन के शैतानी ही डोना के भा गईंल अउर स्कूल के पढ़ाई खतम  करते दूनू जानी एक-दूसरा के पूरा तरह से आपन दिल दे बइठल लो.


सौरव-डोना के वियाह केंगा भइल 

सौरव गांगुली के डोना से शादी भी पूरा फिल्मी अंदाज में ही भइल. दूनू जानी के परिवार एक-दूसर के दुश्मन रहे. अइसन में 1996 के इंग्लैंड दौरा के बाद जब गांगुली वापस भारत अइले, त डोना के लेके भाग गइले. एगो दोस्त के मदद से इ कपल 12 अगस्त, 1996 के गुपचुप तरीका से कोर्ट मैरिज कर लेहलस. हालांकि दूनू जानी ये बारे में अपना परिवारवालन के कुछ  भी ना बतवलस कुछ दिन बाद दूनू जानी के परिवार के सौरव अउर डोना के शादी के भनक लाग गईल. एकरा बाद खूब हंगामा मचल. शुरुआती विरोध के बाद दूनू जानी के परिवार पुराना दुश्मनी भुलाके ए रिश्ता के मंजूरी दे देहलस. एकरा बाद 21 फरवरी, 1997 को सौरव-डोना  पूरा रीति-रिवाज के साथ दोबारा शादी कइलस लो.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.