Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Tokyo Olympics 2020 Day-12 LIVE : बॉक्सिंग में लवलीना जीत लेले बाड़ी ब्रॉन्ज मेडल, वर्ल्ड चैंपियन से हार के सिल्वर से चूकली

मौजूदा विश्व चैंपियन से लवलीना हार गईला के बाद सिल्वर से चूक गईंली अऊर इनकरा ब्रॉन्ज मेडल से संतोष करे के पड़ल ह.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Sports - 04 August 2021

टोक्यो ओलंपिक के 12वां यानि की बुधवार के दिन भारतीय फैन्स खातिर ज​हां रेसलिंग में खुशी भरल रहे त उहें, बॉक्सिंग में थोडा निराशा हाथ लागल. अपना पहिला ही ओलंपिक में ब्रॉन्ज मेडल सुनिश्चित करे वाली लवलीना महिला के 69 किग्रा सेमीफाइनल मुकाबला में तुर्की के बुसेनाज सुरमेनेली के खिलाफ एगो कड़ा  मुकाबले में हार गईली. मौजूदा विश्व चैंपियन से लवलीना हार गईला के बाद सिल्वर से चूक गईंली अऊर इनकरा ब्रॉन्ज मेडल से संतोष करे के पड़ल ह. एथलेटिक में भाला फेंक एथलीट नीरज चोपड़ा अपना ग्रुप ए में टॉप पर रहत फाइनल खातिर क्वालीफाई कर लेले बाड़े. हालांकि शिवपाल सिंह ये स्पर्धा में फाइनल खातिर  क्वालीफाई करे से चूक गईले. उहें, कुश्ती में भारतीय पहलवान रवि दहिया और दीपक पूनिया आपन-आपन मुकाबला जीतके सेमीफाइनल में पहुंच गईल बा लोग  जबकि महिला पहलवान अंशु मलिक के हार के सामना करे के पड़ल बा. हालांकि अंशु के रेपेचेज खेले के उम्मीद अभी कायम बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.