Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Tokyo Olympics: दीपिका कुमारी रच दिहली इतिहास, ओलंपिक क्वार्टर फाइनल में पहुंचे वाली पहिला भारतीय तीरंदाज

दीपिका अऊर अन सान के सामना एहि जगह पर टोक्यो 2020 टेस्ट टूर्नामेंट में 2019 में भईल रहे लेकिन भारतीय खिलाड़ी के ओ टाइम पराजय के सामना करे के पड गईल रहे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Sports - 30 July 2021

नई दिल्ली: दुनिया के नंबर एक तीरंदाज दीपिका कुमारी (Deepika Kumari) पूर्व विश्व चैम्पियन रूसी ओलंपिक समिति के सेनिया पेरोवा के रोमांचक शूट ऑफ में हराके टोक्यो ओलंपिक (Tokyo Olympics) महिला सिंगल्स के क्वार्टर फाइनल में प्रवेश क गईल बाड़ी. पांचगो सेट के बाद स्कोर 5-5 से बराबरी पर रहे. दीपिका दबाव के बखूबी सामना करत शूट ऑफ में परफेक्ट 10 स्कोर कईली अऊर रियो ओलंपिक में जऊन टीम रजत पदक विजेता रहे ओकरा के हरा दिहली.


एक तीर के शूट ऑफ में शुरुआत करत समय रूसी तीरंदाज दबाव में आ गईली अऊर सात ही स्कोर कर सकली जबकि दीपिका दस स्कोर करके मुकाबला 6-5 से जीत गईली. तीसरा बार ओलंपिक खेल रहल दीपिका ओलंपिक तीरंदाजी इवेंट के अंतिम आठ में पहुंचे वाली पहिला भारतीय तीरंदाज बन गईल बाड़ी. क्वार्टर फाइनल में दीपिका के सामना कोरिया के अन सान से होई जऊन एगो सेट से पिछड़ला के बाद वापसी करत जापान के रेन हायाकावा के 6-4 से हरवली. रैंकिंग दौर में कोरिया के सान 25 साल पुराना ओलंपिक रिकॉर्ड तुड़ के आखिरी तीन तीर पर परफेक्ट 10 स्कोर कईले रहली. दीपिका अऊर अन सान के सामना एहि जगह पर टोक्यो 2020 टेस्ट टूर्नामेंट में 2019 में भईल रहे लेकिन भारतीय खिलाड़ी के ओ टाइम पराजय के सामना करे के पड गईल रहे.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.