Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

ना रहलन वर्ल्ड कप 1983 के 'हीरो' यशपाल शर्मा, हार्ट अटैक से भइल निधन

1985 में अपना करियर के आखिरी अंतरराष्ट्रीय मैच खेलने वाले यशपाल शर्मा के सात साल के अंतराल में कब्बो कौनो गेंदबाज वनडे क्रिकेट में शून्य पर आउट ना कर सकलस.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Sports - 13 July 2021

भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व बल्लेबाज यशपाल शर्मा के निधन हो  गइल बा. 66 वर्ष के यशपाल शर्मा के निधन हार्ट अटैक के कारण भइल बा. यशपाल भारत के 1983 में विश्व कप जीते वाला टीम के हिस्सा रहलन. अंतरराष्ट्रीय एकदिवसीय क्रिकेट में कब्बो शून्य पर पवेलियन ना लौटे के अनोखा रिकॉर्ड कायम करे वाला यशपाल शर्मा अब हमेशा खातिर ये दुनिया के अलविदा कह देहलन.


11 अगस्त 1954 के लुधियाना में जन्मल क्रिकेटर यशपाल शर्मा अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में डेब्यू चिर प्रतिद्वंदी टीम पाकिस्तान के खिलाफ साल 1978 में कइले रहले. एकरा बाद उ इंग्लैंड में खेलल गइल 1983 के विश्व कप विजेता टीम के हिस्सा रहलन, जहां भारत वेस्टइंडीज के हराकर इतिहास रच देहलस. 1985 में अपना करियर के आखिरी अंतरराष्ट्रीय मैच खेलने वाले यशपाल शर्मा के सात साल के अंतराल में कब्बो कौनो गेंदबाज वनडे क्रिकेट में शून्य पर आउट ना कर सकलस.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.