Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

पहाड़ घूमे जाएके बा त अब ई-पास के झंझट खतम,हिमाचल दे देहले बा बड छूट

कोरोना के दुसरका लहर के प्रकोप कम होत देख हिमाचल सरकार फैसला लेले बिया की 1 जुलाई से राज्य में प्रवेश करे खातिर ई-पास की जरूरत ना पड़ी. एकरा अलावा सरकार अंतरराज्यीय बस सेवा के फिर शुरू क देले बिया. जेकरा से रउवा बिना झंझट के आपन यात्रा कर सकीले.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Travel - 01 July 2021

हिमाचल प्रदेश में पहाड़ पर घूमे के चाह रखे वाला लोग खातिर राहत के खबर बा. अगर रउवा अब घर से निकल के पहाड़ के रूख करे के चाहत बानी त सरकार राउर राह आसान क देले बिया.  कोरोना के दुसरका  लहर के प्रकोप कम होत देख हिमाचल सरकार फैसला लेले बिया की 1 जुलाई से राज्य में प्रवेश करे खातिर   ई-पास की जरूरत ना पड़ी. एकरा अलावा सरकार अंतरराज्यीय बस सेवा के फिर  शुरू क देले बिया. जेकरा से रउवा बिना झंझट के आपन यात्रा कर सकीले.

 

कोविड -19 के स्थिति  समीक्षा खातिर मुख्यमंत्री जय राम ठाकुर के अध्यक्षता में राज्य मंत्रिमंडल के बइठक भइल रहल ह. जेमे ई फैसला लिहल गइल ह कि 1 जुलाई से 50 प्रतिशत क्षमता के साथ अंतरराज्यीय बस सेवा फिर से शुरू कइल जाइ अउर ई-पास प्रणाली बंद कर दीहल जाइ. एकरे साथे-साथे सरकारी कार्यालय के  पूर्ण उपस्थिति के साथ काम करे के  अनुमति दीहल जाइ.


राज्य में सब दुकान सुबह नौ से रात आठ बजे तक अउर रेस्टोरेंट रात दस बजे तक खुलल रह सकेला.  सामाजिक समारोह में, इनडोर कार्यक्रम में ज्यादा से ज्यादा 50 लोगों के शामिल होखे के अनुमति होइ. बाहरी समारोह में अधिकतम 100 व्यक्तिय के अनुमति दीहल जाइ. अभी तक स्कूल, कॉलेज और अन्य शिक्षण संस्थान खोले पर कौनौ निर्णय नइखे लियाइल. 

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.