Story Content
ऋषिकेश स्थित महर्षि महेश योगी की भावातीन चौरासी कुटिया बुधवार से पर्यटक लोग खातिर खुल गइल बा. कोरोना कर्फ्यू के चलते बीतल दू महीना से बंद चौरासी कुटिया के खोले खातिर मुख्य वन्य जीव प्रतिपालक जेएस सुहाग आदेश जारी क देले बाड़न. राजाजी टाइगर रिजर्व अंतर्गत गौहरीरेंज के अधिकारी धीर सिंह एकर पुष्टि कइले बाड़े.
बुधवार के 25गो पर्यटक चौरासी कुटिया के दीदार कइलस लो. गौहरी रेंज अधिकारी बतवले ह की चौरासी कुटिया में पर्यटक सुबह 10 बजे से शाम चार बजे तक ही प्रवेश कर सकेला लो. जेमे भारतीय लोग खातिर प्रवेश शुल्क 150 रुपये, वरिष्ठ नागरिक खातिर 75 रुपये, छात्र खातिर 40 से 75 रुपये और विदेशी पर्यटक लोग खातिर 600 रुपया शुल्क रखल गइल बा.




Comments
Add a Comment:
No comments available.