Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

जल्दिए रोड ट्रिप के दौरान यूज़र्स के Google Map बताई केतना देवे के पड़ी Toll Tax

ई फीचर यूज़र्स के समय बचावे में भी मदद कर सकता

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Travel - 26 August 2021

गूगल मैप्स (Google Maps) एगो दिलचस्प अपडेट पर काम कर रहल बा जौन यूजर्स के आपन  ट्रिप के बेहतर तरीके से प्लान करे में मदद करी . रिपोर्ट्स बतावत बा कि मैपिंग ऐप अब रऊआ के बताई कि कौना सड़क पर टोल गेट बा अऊर रऊआ टोल टैक्स के रूप में केतना भुगतान करे के होई. ई रऊवा एगो सही निर्णय लेवे में मदद करी कि रऊवा टोल गेट वाला सड़क लेवे के चाहत बानी या ना. ई फीचर अभी कथित तौर पर शुरुआती चरण में बा, अऊर ई अनुमान लगावल जल्दबाजी होई कि ई फीचर सगरी देश में कब तक उपलब्ध होई.



आवे वाला गूगल मैप्स फीचर यूजर्स खातिर बेहद फायदेमंद हो सकत बा. अकसर जब रऊवा कौनौ यात्रा पर निकलेनी, त रास्ता में बहुत सारा टोल गेट देखके रऊवा हैरान हो जानी. गूगल मैप्स रऊवा के ये बारे में जानकारी प्रदान करे में सक्षम बा कि रऊवा कुल टोल टैक्स  में केतना खर्च होई अऊर रऊरा रास्ता में केतना टोल गेट आई, त रऊवा आसानी से तय कर सकेम कि रऊवा सगरी टोल गेट से भरल सड़क में  कौन लेन चाहत बानी. ई फीचर यूज़र्स के समय बचावे में भी मदद कर सकता.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.