Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Gold Price today: सोना के कीमत में बड़ गिरावट, 4 महीना के निचला स्तर पर पहुंचल भाव, चेक करीं रेट्स

उहें, पिछला कारोबारी सत्र में गोल्ड में 2000 रुपया अऊर सिल्वर में 1,000 रुपया के गिरावट देखे के मिलल रहे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Business - 09 August 2021

नई दिल्ली: सोने-चांदी (Gold-Silver) की कीमत में आज भी गिरावट जारी बा. MCX पर सोमवार के सोना 1.3 फीसदी गिरके 4 महीना के निचला स्तर पर पहुंच गईल बा. आज गोल्ड (Gold price today) 600 रुपया के  गिरावट के साथ 46,029 रुपया प्रति 10 ग्राम के लेवल पर आ गईल बा. उहें, चांदी (Silver price today) 1.6 फीसदी यानी 1400 रुपया गिरकर 63,983 रुपया प्रति किलोग्राम हो गईल बा. उहें, पिछला कारोबारी सत्र में गोल्ड में 2000 रुपया अऊर सिल्वर में 1,000 रुपया के गिरावट देखे के मिलल रहे.

ग्लोबल मार्केट के बात कईल जा त आज ईहां सोना 4.4 फीसदी तक लुढ़क गईल बा. कारोबारी सत्र में गोल्ड 1,684.37 डॉलर के छुवे के बाद हाजिर सोना 2.3 फीसदी गिरके 1,722.06 डॉलर प्रति औंस हो गईल बा. एकरा अलावा चांदी 2.6 फीसदी गिरके 23.70 डॉलर पर आ गईल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.