Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

अनुच्छेद 370 हटला के बाद कश्मीर के पहिला दौरा पर राहुल गांधी, बोलले- हमरा रग में भी थोड़ा कश्मीरियत बा

राहुल गांधी बाद में पत्रकार लोग से बातचीत करत केंद्र पर निशाना साधत कहले ह कि उनकरा रग में थोड़ा कश्मीरियत बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 10 August 2021

श्रीनगर: कांग्रेस के वरिष्ठ नेता राहुल (Rahul Gandhi) गांधी सोमवार के दू दिन के दौरा पर श्रीनगर पहुंचल बाड़े. जम्मू-कश्मीर में आर्टिकल 370  हटला के बाद कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष के पहिला दौरा ह. आज उ नयका प्रदेश कार्यालय के उद्घाटन भी कईले ह. एकरा अलावा उ शक्तिपीठ क्षीर भवानी मंदिर में भी आशीर्वाद लेहले ह. राहुल गांधी बाद में पत्रकार लोग से बातचीत करत केंद्र पर निशाना साधत कहले ह कि उनकरा रग में थोड़ा कश्मीरियत बा.


राहुल गांधी कहले ह कि, ‘हमार परिवार दिल्ली में रहेला, ओकरा  से पहिले इलाहाबाद में अऊर ओकरा से पहिले कश्मीर में. हमहू कश्मीरियत में विश्वास करेनी. एकर थोड़ हिस्सा हमरा रग में भी बा. हमनी के प्यार अऊर जुड़ाव से कश्मीर के अलग तरीके से सुलझावे के कोशिश कईनी जा लेकिन बीजेपी सब अच्छा काम के खत्म कर देहलस. हम जानत  बानी कि जम्मू-कश्मीर के लोग आहत बा…हमरा प्यार अऊर समझ  के रिश्ता चाही.’

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.