Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

भारत में 12 साल से अधिक उम्र वालन के लिए वैक्सीन तैयार बा,मंजूरी मिलते वैक्सीन लागल शुरू हो जाई

ड्रग्स कंट्रोलर जनरल ऑफ इंडिया यानी डीसीजीआई से 12 साल अउर एकरा से अधिक उम्र के लोग खातिर आपन डीएनए वैक्सीन के इमरजेंसी इस्तेमाल के मंजूरी मंगले बिया.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 01 July 2021

कोरोना के खिलाफ जंग में भारत के एगो अउर सबसे बड़ हथियार मिले वाला बा. अगर सबकुछ सही रहल त भारत में जल्दिए 12 साल से अधिक उम्र के बच्चा लोग के भी टीका लागल शुरू हो जाई. बेंगलुरु बेस्ड फार्मास्युटिकल कंपनी जायडस कैडिला  ड्रग्स कंट्रोलर जनरल ऑफ इंडिया यानी डीसीजीआई से 12 साल अउर एकरा से अधिक उम्र के लोग खातिर आपन डीएनए वैक्सीन के इमरजेंसी इस्तेमाल के मंजूरी मंगले बिया. अगर डीसीजीआई से ई वैक्सीन खातिर मंजूरी मिल जाता त देश में जारी टीकाकरण अभियान में जल्दिए ई वैक्सीन शामिल हो जाई. बता दी कि ई वैक्सीन के तीन चरण के ट्रायल भी पूरा हो चुकल बा.



समाचार एजेंसी एएनआई के मुताबिक, जायडस कैडिला भारत के टॉप दवा नियामक ड्रग्स कंट्रोलर जनरल ऑफ इंडिया के समक्ष आवेदन देले बा, जेमे ई आपन  डीएनए वैक्सीन Zycov-D के आपातकालीन उपयोग के मंजूरी के मांग कइले बा. जायडस कैडिला के ई वैक्सीन 12 वर्ष के आयु अउर एकरा से ऊपर के लोग खातिर बा. कंपनी  वैक्सीन के तीसरका चरण के ट्रायल के डेटा भी प्रस्तुत कइले बा, जेकरा में  28,000 से अधिक वॉलंटियर  भाग लेले रलहन.  रॉयटर्स के  मानल जाव त अंतरिम डेटा में वैक्सीन सुरक्षा अउर प्रभावकारिता के मानक पर खरा उतरल बा.

 




जायडस कैडिला के वैक्सीन के तीसरका चरण के क्लिनिकल परीक्षण डेटा से पता चलता कि Zycov-D टीका 12 से 18 वर्ष के आयु वर्ग के बच्चा लोग खातिर सुरक्षित बा. कंपनी सालाना कोरोना टिका के 100-120 मिलियन खुराक बनावे के  योजना बनवले बिया.  गौरतलब बा कि कोविड वर्किंग ग्रुप के अध्यक्ष डॉ एनके अरोड़ा कहले बाड़े कि जायडस कैडिला वैक्सीन के ट्रायल लगभग पूरा हो चुकल बा. जुलाई के अंत तक या अगस्त में, हमनी के 12-18 आयु वर्ग के बच्चा लोग ई टीका देहल शुरू कर सकत  बानी जा. 

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.